मधेश जनविद्रोह समिती द्वारा सहीद पार्कमा दिप प्रज्वलित

  • ११ कार्तिक २०७९, शुक्रबार १५:१६ मा प्रकाशित
  • कार्तिक:-पर्साके तिलावे नदिमे 72 के मधेश आन्दोलनमे सहादत देहल वीर शहीदन के समाधि पर मधेश जनविद्रोह समिती द्वारा श्रद्धाञ्जलि स्वरूप दिप प्रज्वलित कईला के साथे , शहीद परिवार मे सुख शान्ति समृद्धि के खातिर माता लक्ष्मीजी के गोहरावल गइल ।

    समिती के सदस्य अजय पटेल द्वारा दिप प्रज्वलित करत समय अब मधेश सहित समग्र देश के विखण्डन कारी,देश बेच्वा, विदेशी दलालन से बचाके समग्र जनता आ देश के समृद्धि ला 72 के करिया संविधान के खारिज करत देशके उन्नति सहित मधेश के अधिकार ला अब कौनो पार्टी आ नेता ना बल्कि जनता के खुद अपने आगे बढेके परी कहत सभि जनतामे अपिल कैनी ।

    साथे मधेश के जनप्रतिनिधि सब द्वारा मधेशी सहादत के औकात वीरगंज के घनटाघर शौचालय के गेटपर शहिद स्मारक आ पर्सा के तिलावे नदिमे अधूरा शहिद स्मारक साक्षात् देख सकतबानी ।


    नेपाल मे प्रथम चरण मधेशी जनता के बलिदानी के दमपर आइल सङ्घिय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के 5 वा सालके अध्याय मे सभि पार्टी आ नेता लोगके समृद्धि आ विकास हो गईल।
    लेकिन मधेश के मुद्दा मधेशी शहादत पर अभिले कौनो काम ना भइल यहसे सभि पार्टी, सभि नेता, के समाजिक बहिष्कार कईला के साथे अगहन 4 के हाेखे जा रहल भाेटभि बहिष्कार करी, जनतामे निवेदन करत वीर शहिद अमर रहे, मधेशी एकता जिन्दावाद के नारा भि लगावल गइल पटेल द्वारा बतावल गइल ।

    Leave a Reply